एक सत्य घटना जवान सोचे पर मजबूर कर देव
हम अक्सर सुनत रहनी हा की लोधासुली जंगल ( वेस्ट बंगाल ) में फलना के गारी लुटा गइल फलना के मार के फेक देहलन सन और उहा के पुलिश हिजरा लेखन सुबह आके तली बजावे ला और सरक से गाछ हटवा के चल देला , अब राउआ लोगिन के उ घटना बतावत बनी जवान हमारा संगे घटल पिछला रात यानि ०४.०४.१० और ०५.०४.१० के मध्य रात्रि में बीतल इ घटना सुन के राउआ लोगिन के रोंगट खरा हो जाई , भइल अइसन की रात ११ बजे आचानक जमशेदपुर जाये के प्रोग्राम बन गइल इंडिका कार ड्राईवर के संगे ले के चल देनी रात २.३० बजे लोधासुली पहुचानी सन अब आगे जाइल जाव की ना इ बिचार कर के आगे चल देनी सन करीब जंगल में २ किलो मीटर अन्दर गइनी सन ता सरक पर कुछ पेड़ गिरल रहे ओकरा बगल में एगो ट्रक लुट के लुटेरा जा चुकल रहलन सन और पेड़ थोरा हटा दिहल रहे हमनी दुनु आदमी राय कईनि सन की लुट के घटना हो गइल बा अब आगे चलल जाव कवनो खतरा नइखे बाकिर इ हमनी के गलत फहमी रहे जैसे २०० मीटर आगे गइनी सन ता उहा सरक पर ३ ४ गो पेड़ गिरावल रहे ओमे एगो ट्रक फसल रहे इ मंजर देख के हम हनुमान जी के नाम लेते लेते ड्राईवर से कहानी गाड़ी पीछे ले हमनी के फस गइल बानी सन जाईसे उ माथा निकल के गारी पीछे के तरफ करे लागल तले जंगल से ७ ८ आदमी निकला और उ हल्ला कर के गाड़ी के तरफ दौर गइल एगो के हाथ में तलवार रहे उ ड्राईवर पर तलवार चला देहलस ड्राईवर सर अन्दर का लेहलस और सर बच गइल तबे दुसरका लाठी के बार कईलॉस जवान सीसा पर लागल सीसा टूट गइल एक लाठी ड्राईवर के हाथ पर लागल तभी हम देखत बानी की पीछे से भी दस आदमी आ रहल बा , ड्राईवर के हवा गुम हम एक एक चिलैनी गाड़ी आगे लेके भाग ड्राईवर गारी आगे लेके भागल सामने मोटा पेड़ ड्राईवर कहलस बाबा गारी पार ना होई , हम कहनी दुनु साइड मौत बा गाड़ी कुदाव और उ गाड़ी कुदा देहलस और हमनी के पेर के ओ पार बाकिर इ का ओनियो १० आदमी ले हमनी के गारी तेज का देनी सन बाकिर इ का १०० मीटर आगे सरक पार पेड़ डालल बा और ओहू में एगो ट्रक फसल बा , ड्राईवर कहलस अब का होई , त हमार इहे कहना रहे मरे के ता बरले बा बाकिर आखिर तक बचे के कोसिस करे के चाही गाड़ी कुदाव हनुमान जी के नाम लेके गाड़ी फिर ड्राईवर कुदा देहलस और हमनी अबकिर मौत के चक्रबिहू के तुर देले रहनी सन गाड़ी के आगे के सीसा टूट गइल एगो टायर बर्बाद हो गइल आगे जाके जेतना गारी आवत रहे ओकरा के रोकनी सन एही बीच में हम १०० नंबर बार बार मिलावानी कोई उत्तर ना आगे जाके एगो होटल पार ड्राईवर के हाथ पेर पट्टी कईनि हमनी से आगे २ गो कार वाला के हाथ पैर कटा गइल रहे ३ गो ट्रक लुटा गइल , हमारा लेखा सब कोई भाग्यसाली ना होई की बच जाई , अब कुछ सवाल बा राज्य सरकार और केंद्र सरकार से ,
जब ये जंगल में हमेसा ऐसन बारदात होत बा ता इह के मुख मंत्री हिजरा नियन कहे बेवहार करत बरन का इंकार जिमेदारी नइखे बनत जनता के जन मॉल के रक्छा करे के अगर इ हिजरा नइखन ता १ मिहिना के अन्दर ये जंगल से सेफ जोन बनवास ना ता ताली बजावत रहस ,
इहे सवाल हमार केंद्र सरकार से बा जहा प्रधान मंत्री और गृह मानती येही केटेगरी के हिजरा बैठाल बा लोग हम ओहू लोग के १ महिना के समय देत बानी ये जंगल के दकैतन से मुक्त करावे लोग या जनता के बिच में आके तली बजावे लोग कम से कम इ ता मन में रही हिजरा का कर सकेला
राउआ लोग आपन राय दी कईसे जंगल से जंगल राज ख़तम होई ,