For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

भोजपुरी साहित्य प्रेमी लोगन के सादर परनाम,
ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार पिछला कई महिना से हर महीने सफलता पूर्वक "OBO लाइव मुशायरा" अउर "OBO लाइव महा इवेंट" के आयोजन कर रहल बा, एह सफलता से उत्साहित होके रउआ लोगन खातिर एगो अउर अनूठा अउर अपना तरह के अंतरजाल पर एकलउता लाइव कार्यक्रम ले के आवत बा जेकर नाम बा "OBO लाइव विश्व भोजपुरी कवि सम्मेलन" एह कवि सम्मेलन मे विश्व के कोना कोना मे बईठल भाई, बहिन लोग भाग ले सकत बा अउर आपन भोजपुरी रचना के प्रस्तुति लाइव कर सकत बा साथ मे प्रस्तुति पर आपन टिप्पणी भी दे सकत बा लोगन |
कार्यक्रम के रूप रेखा :-
कार्यक्रम प्रारंभ  :- दिनांक १२, फरवरी दिन शनिवार
कार्यक्रम समाप्त :- दिनांक १३, फरवरी दिन रविवार 
नियम :-
१- रचना भोजपुरी मे ही होखे के चाही |
२- रचना अइसन होखे के चाही जेके आपन परिवार मे माई बहिन के साथ पढ़ आ सुन सकल जाव |
३- रचना पहिले से कवनो वेब साईट चाहे ब्लॉग पर पहिले से प्रकाशित ना होखे के चाही, अगर कवनो प्रिंट माध्यम मे प्रकाशित बा तब वोह रचना के प्रस्तुति के अनुमति बा |
४- रचना मौलिक माने आपन लिखल होखे के चाही कोई अउर के ना, एगो कवि आपन प्रस्तुति एक से अधिक बार दे सकत बाडन, बस ध्यान इहे रखे के बा की रचना के स्तर बनल रहे माने quantity के चक्कर मे Quality ख़राब न हो जाय |
५- अबही Reply बॉक्स बंद रही जवन ठीक कार्यक्रम प्रारंभ यानी की १२ तारीख लागते खोल दिहल जाई अउर १३ तारीख ख़तम भईला पर बंद कर देवल जाई |
६- अगर रउआ कवनो कारण से आपन रचना समय से पोस्ट करे मे असमर्थ बानी त आपन रचना इ-मेल admin@openbooksonline.com पर भेज दिही | राउर रचना एडमिन OBO द्वारा राउर नाम से पोस्ट कर देवल जाई, वईसे कोशिश करी की रउआ अपने से पोस्ट कर दिही |
७- रउआ अगर अबही ले ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार से नईखी जुडल त www.openbooksonline.com पर जाके sign up कर के OBO के मुफ्त सदस्यता ले लिही फिर भोजपुरी साहित्य समूह के ज्वाइन कर लिही |
८- अधिक जानकारी खातिर रउआ हमर इ-मेल ganesh3jee@gmail या मोबाइल नंबर ०९४३१२८८४०५ चाहे एडमिन OBO के इ-मेल admin@openbooksonline.com पर संपर्क कर सकत बानी |


राउर आपन ही
गनेश जी "बागी"    

Views: 8729

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion

शुक्रिया गुरूजी

बागी जी भोजपुरी इवेंट शुरू करने की पहल के लिये बहुत सारी शुभकामनाये ! हमारे बहुत से सदस्य भोजपुरी भाषी नहीं हैं और जो मुझ जैसे हैं भी उन्होंने कभी अपनी मातृभाषा में कलम नहीं चलाई ,परन्तु आपने इस इवेंट के ज़रिये नयी संभावनाओं को गुंजाइश दी है |आपको कोटिश साधुवाद !हर छोटी पहल इतिहास में अपनी बड़ी पहचान बनाती है |

अरुण भाई, इ हमार छोटा सा परयास बा , राउर सराहना पा के कलेजा चौड़ा भईल, धन्यबाद |
हमनीक आपके साथ बानीजा | भोजपुरी के जय होईबे करी |
प्रख्यात भोजपुरी गीतकार पंडित हरी राम द्विवेदी (रेडियो के हरी भैया ) नेट प्रयोग नही करते लेकिन मेरे पास उनकी कोई भोजपुरी रचना दिखती है तो मैं आप लोगों के सामने लाता हूँ ....उनके नाम से ही ...शायद आप सबको पसन्द आये |
अरुण भाई , बहुत नेक काम होई जे हरी भैया के रचना हमनी के पढे के मिली |

एगो बधाई गीत उनकर भेजत बानी \

पंडित हरी राम द्विवेदी का गीत

"बाजे हो महराज बधईया बाजे "

सुत जनमें सुख आस पुराईल

अंचरा भरलें कोख जुडाईल

गीतन भरी अंगनईया बधईया बाजे

बाजे हो महराज बधईया बाजे

 

ममता हुलसे अति सुख पावे

नाचै गावै नेग लुटावै

गावे सगुनी चिरईया बधईया बाजे

बाजे हो महराज बधईया बाजे

 

कवन प्रीति-रस पागे बखरी

नन्द भवन अस लागे बखरी

जनमे कुंवर कन्हईया बधईया बाजे

बाजे हो महराज बधईया बाजे

 

सुघर बंस के बिरवा फूलै

नैन पुतरियन सपना झूलै

सबहीं लेत बलईया बधईया बाजे

बाजे हो महराज बधईया बाजे |

हरी भैय्या अब रेडियो स्टेशन से रिटायर हो गईल बानी | उनकर  लिखल आ सिखावल गीत शारदा जी ,आ मनोज तिवारी उर्मिला, संतोष श्रीवास्तव, लीला ,महुआ बनर्जी ,सुचरिता गुप्ता संगे कई लोक कलाकार लोग सीखले गवले बा | इहाँ के उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान से प्रतिष्ठित"साहित्य भूषन ""राहुल सांकृत्यायन "पुरस्कार भी मिलल बा |आप आजो स्वस्थ रहला पर देश भर में आ विदेशन में भी कविता गीत बांचे मंचन पर जाईला | बुलवलन त परसों हम उनसे मिले उनका घरे गईल रहलीं | अब ७५ के हो गईल बान हरी भैया आ अगले माह १२ मार्च के उनकर जन्मदिन इहवाँ भव्य तौर पर मनावे क तैयारी होत बा | उनकर कई गो किताब छप चुकल बा आ कई गो  छपत बा | हम उनके दीर्घ स्वस्थ साहित्यिक जीवन के शुभकामना देत बानी | हमके लागल की ए इवेंट के सुरुआत उनकर ई बधेया गीत से होखे चाही | बागी भाई चाहीं त उनका नाम से एके लगा दिहीं | अब मिलब त हरी भईया के प्रतिक्रिया हम बता देब |
bahut hi badhiya geet baa ee hari bhaiya ke.........dhanybaad baa arun bhai ee rachna ke iha post kare khatir
shukriya प्रीतम जी , हम आपक विचार हरी भईया तक पहुंचा देईब |
ek baar fer se dhanybaad arun bhai

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Blogs

Latest Activity

Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरा" अंक-186

ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरे के 186 वें अंक में आपका हार्दिक स्वागत है | इस बार का मिसरा आज के दौर के…See More
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"  क्या खोया क्या पाया हमने बीता  वर्ष  सहेजा  हमने ! बस इक चहरा खोया हमने चहरा…"
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"सप्रेम वंदेमातरम, आदरणीय  !"
Sunday
Admin added a discussion to the group चित्र से काव्य तक
Thumbnail

Re'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 174

आदरणीय काव्य-रसिको !सादर अभिवादन !!  ’चित्र से काव्य तक’ छन्दोत्सव का यह एक सौ…See More
Saturday
Admin replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"स्वागतम"
Dec 13

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post कौन क्या कहता नहीं अब कान देते // सौरभ
"आदरणीय रवि भाईजी, आपके सचेत करने से एक बात् आवश्य हुई, मैं ’किंकर्तव्यविमूढ़’ शब्द के…"
Dec 12
Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181

आदरणीय साहित्य प्रेमियो, जैसाकि आप सभी को ज्ञात ही है, महा-उत्सव आयोजन दरअसल रचनाकारों, विशेषकर…See More
Dec 10
anwar suhail updated their profile
Dec 6
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' posted a blog post

न पावन हुए जब मनों के लिए -लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"

१२२/१२२/१२२/१२****सदा बँट के जग में जमातों में हम रहे खून  लिखते  किताबों में हम।१। * हमें मौत …See More
Dec 5
ajay sharma shared a profile on Facebook
Dec 4
Sheikh Shahzad Usmani replied to Admin's discussion "ओबीओ लाइव लघुकथा गोष्ठी" अंक-128 (विषय मुक्त)
"शुक्रिया आदरणीय।"
Dec 1
Dayaram Methani replied to Admin's discussion "ओबीओ लाइव लघुकथा गोष्ठी" अंक-128 (विषय मुक्त)
"आदरणीय शेख शहज़ाद उस्मानी जी, पोस्ट पर आने एवं अपने विचारों से मार्ग दर्शन के लिए हार्दिक आभार।"
Nov 30

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service