फाइलातुन फाइलुन फऊल फेलुन
कहँवा से आइके जगार कइल
जिनगी में साँइ से उजार कइल
जिनगी से अइसन करार कइल
सिनुरा वीरांगना पुछार कइल
पँउआ बढ़त रहल अधुना क चहला
मथवा सहलाइ होसियार कइल
पतिया पँवरि परदेस से पहुन का
कहलस की सोलहो सिंगार कइल
सुगना पठवत विदेसिया पहुनवा
चितवा चोराइ बेकरार कइल
मनवा चहत पिय रीति मिलन करि के
सँसवा से साँस सोहनार कइल
जिनगी खेवात ना अँसुअन बहले
उठि के नारी सक्ति सकार कइल
-प्रमोद श्रीवास्तव
मौलिक और अप्रकाशित
सोहनार -सुहावना, मनभावन ; जगार- जागरण ; उजार--उजियारा; पँवरि -तैर कर; चहला -कीचड़; पुछार -पोंछाई
Tags:
आदरणीय गुरूवर सौरभ पाण्डेय जी,
राउर सनेह सीख सुझाव क आसरा निहारत ।
प्रस्तुति के अनुमोदन के लिए सादर आभार ।
भाव पक्ष से सोझ एह गजल के शैल्पिकता प हम रउआ से सहयोग चाहब. तनिका तक्तीह कऽ के बतावल जाव जे गजल के मिसरा कइसे सर्हियावल गइल बा. तब हम एक हाली फेरु से एह प्रस्तुति प आइब.
सादर
आदरणीय गुरूवर सौरभ पाण्डेय जी,
क्षमा परथना कs संगे गल्ती सुधारल चाहत बानी। बह्र फइलातुन फाइलुन फऊल फेलुन/फइलुन होई। फाइलातुन लिखा गइल रहल ह।दुसरके शेर कs पहिलके मिसरा में शब्द "अइसन" लिखा गइल बा ऊ "अइसने" होई।
फइलातुन फाइलुन फऊल फेलुन/फइलुन
1 1 2 2 2 1 2 1 2 1 2 11/1111
कहँवा से/ आइ के/ जगार/ कइलs
जिनगी में/ साँइ से/ उजार/ कइलs
जिनगी से/ अइसने/ करार/ कइलs
सिनुरा वी/रांगना/ पुछार/ कइलs
पँउआ बढ़/त रहल अ/धुना क/ चहला
मथवा सह/लाइ हो/सियार/ कइलs
पतिया पँव/रि परदे/स से प/हुन का
कहलस की/ सोलहो /सिंगार/ कइल s
सुगना पठ/वत विदे/सिया प/हुनवा
चितवा चो/राइ बे/करार/ कइलs
मनवा चह/त पिय री/ति मिलन/ करि के
सँसवा से/ साँस सो/हनार/ कइलs
जिनगी खे/वात ना/ अँसुअन/ बहले
उठि के ना/री सक्ति /सकार/ कइलs
-प्रमोद श्रीवास्तव
सादर ।
अब बुझाइल तऽ, बाकिर रउआ वर्णिकता में छन्द आ गजल के विधान में घालमेल क रहल बानीं. कहवाँ (सही हिज्जे त ईहे होखे के चाहीं) के मात्रा ११२ ना हो के २२ होखी. असहीं जिनिगी के मात्रा ११२ ना होके २२ होखी. एही तरी, सिनुरा, पँउआ, मथवा, पतिया, कहलस, सुगना, चितवा, मनवा, सँसवा, उठि के एह सभ के मात्रा भार २२ होखी. बहर के मात्रा-भार वाचिक परम्परा के अनुसार होला. एही वाचिक परम्परा के अनुसार भोजपुरी भासा चलेले.
एह मंच पर गजल के लेके बहुत सुगढ़ आलेख बाड़न सऽ. रउआ से निहोरा बा, पहिले एक हाली रउआ उन्हनीं के देख जाईं. गजल के अभ्यास में आवत ढेर कठिनाई से निजात मिल जाई..
जै जै
आवश्यक सूचना:-
1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे
2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |
3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |
4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)
5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |
© 2024 Created by Admin. Powered by
महत्वपूर्ण लिंक्स :- ग़ज़ल की कक्षा ग़ज़ल की बातें ग़ज़ल से सम्बंधित शब्द और उनके अर्थ रदीफ़ काफ़िया बहर परिचय और मात्रा गणना बहर के भेद व तकतीअ
ओपन बुक्स ऑनलाइन डाट कॉम साहित्यकारों व पाठकों का एक साझा मंच है, इस मंच पर प्रकाशित सभी लेख, रचनाएँ और विचार उनकी निजी सम्पत्ति हैं जिससे सहमत होना ओबीओ प्रबन्धन के लिये आवश्यक नहीं है | लेखक या प्रबन्धन की अनुमति के बिना ओबीओ पर प्रकाशित सामग्रियों का किसी भी रूप में प्रयोग करना वर्जित है |