For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

भोजपुरी साहित्य प्रेमी लोगन के सादर परनाम,
ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार पिछला कई महिना से हर महीने सफलता पूर्वक "OBO लाइव मुशायरा" अउर "OBO लाइव महा इवेंट" के आयोजन कर रहल बा, एह सफलता से उत्साहित होके रउआ लोगन खातिर एगो अउर अनूठा अउर अपना तरह के अंतरजाल पर एकलउता लाइव कार्यक्रम ले के आवत बा जेकर नाम बा "OBO लाइव विश्व भोजपुरी कवि सम्मेलन" एह कवि सम्मेलन मे विश्व के कोना कोना मे बईठल भाई, बहिन लोग भाग ले सकत बा अउर आपन भोजपुरी रचना के प्रस्तुति लाइव कर सकत बा साथ मे प्रस्तुति पर आपन टिप्पणी भी दे सकत बा लोगन |
कार्यक्रम के रूप रेखा :-
कार्यक्रम प्रारंभ  :- दिनांक १२, फरवरी दिन शनिवार
कार्यक्रम समाप्त :- दिनांक १३, फरवरी दिन रविवार 
नियम :-
१- रचना भोजपुरी मे ही होखे के चाही |
२- रचना अइसन होखे के चाही जेके आपन परिवार मे माई बहिन के साथ पढ़ आ सुन सकल जाव |
३- रचना पहिले से कवनो वेब साईट चाहे ब्लॉग पर पहिले से प्रकाशित ना होखे के चाही, अगर कवनो प्रिंट माध्यम मे प्रकाशित बा तब वोह रचना के प्रस्तुति के अनुमति बा |
४- रचना मौलिक माने आपन लिखल होखे के चाही कोई अउर के ना, एगो कवि आपन प्रस्तुति एक से अधिक बार दे सकत बाडन, बस ध्यान इहे रखे के बा की रचना के स्तर बनल रहे माने quantity के चक्कर मे Quality ख़राब न हो जाय |
५- अबही Reply बॉक्स बंद रही जवन ठीक कार्यक्रम प्रारंभ यानी की १२ तारीख लागते खोल दिहल जाई अउर १३ तारीख ख़तम भईला पर बंद कर देवल जाई |
६- अगर रउआ कवनो कारण से आपन रचना समय से पोस्ट करे मे असमर्थ बानी त आपन रचना इ-मेल admin@openbooksonline.com पर भेज दिही | राउर रचना एडमिन OBO द्वारा राउर नाम से पोस्ट कर देवल जाई, वईसे कोशिश करी की रउआ अपने से पोस्ट कर दिही |
७- रउआ अगर अबही ले ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार से नईखी जुडल त www.openbooksonline.com पर जाके sign up कर के OBO के मुफ्त सदस्यता ले लिही फिर भोजपुरी साहित्य समूह के ज्वाइन कर लिही |
८- अधिक जानकारी खातिर रउआ हमर इ-मेल ganesh3jee@gmail या मोबाइल नंबर ०९४३१२८८४०५ चाहे एडमिन OBO के इ-मेल admin@openbooksonline.com पर संपर्क कर सकत बानी |


राउर आपन ही
गनेश जी "बागी"    

Views: 8729

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion

वाह रे बृज भैया,
बहुत सटीक लिखलें बाड़ी| एक दम सही, बहा सुघर गीतों बनल बा| आज क परिदृश्य सामने उघार के रख दिहलें बाड़ी|
सामयिक रचना ,आ कुल भाव खिल के सामने आईल बा | शानदार प्रासंगिक रचना आपके कलम के नमन |
ब्रज भूषण जी, समसामयिक मुद्दों को उठाती हुई एक सशक्त रचना के लिए बधाई|

नया कवनो गीत गावल जाव,
लड़ाई प्रीत के अब जीतल जाव,

घटल जात बा मीठ बोली,
बोलत बा लोग तीत बोली,
ना लउके अब शालीनता,
चरुवोर बढ़ल जाला अश्लीलता,

बहुत कईनी जा बात करुवा,
चली कुछ बात मीठ कईल जाव,

कहे से पहिले तोल लिही,
अउरो के बात के मोल दिही,
प्यार दिही प्यार पाई,
दरवाजा दिल के खोल दिही,

दुनिया बा भीड़ भरल,
चली नया मित खोजल जाव,

जीवन बड़ा संघर्ष बा,
कष्ट मे भी कुछ हर्ष बा,
जग इ झमेला बा,
दुःख सुख के मेला बा,

बासंती के झोका छोड़ी,
आई शिशिर के शीत लेवल जाव

 

समय के मांग सही बात ....सुन्दर ...........
waah raha bhaiya waah.....raur bhojpuri rachna padh ke dil khush ho gail.....
khubsurat lajabab manmohak
राणा सर, बेहतरीन रहल| बहुत बहुत बधाई| एकदम सही कहलीं आप, तित बोली छोड़े के ही पड़ी, प्रेम बढावल हमनिए के काम बा|
राणा जी एक नई सुबह के आस मे रचल बहुत ही सार्थक रचना बा, उम्मीद पर दुनिया टिकल बा , सकरात्मक सोच के परिणाम स्वरुप रचल इ राउर रचना बहुत ही सुंदर बन पड़ल  बा , बहुत बहुत बधाई |

वाह राणा जी बड़ा पोजिटिव बात गीत के माध्यम से कहलीं आप --

बहुत कईनी जा बात करुवा,
चली कुछ बात मीठ कईल जाव,

बधाई

ब्रिज भूषण जी, प्रीतम भैया,  गुरू जी, आशीष जी, बागी भैया और अभिनव भैया आप लोगो का बहुत बहुत शुक्रिया|
सात समुन्दर पार के भाई संग जूरी ,
नेट पर भोजपुरी इ कईलस कम दुरी ,
अब नेटवा के हमार सत सत प्रणाम ,
इ हमार भोजपुरी के करी दिहलस आम ,
जे सुरु में एकरा के नेट पर लेआइल ,
ओकरा के गुरु देस सत सत बधाई ,
हम ना करब अब केहू के जी हजुरी ,
बाकिर भोजपुरी के बाटे कुछ मज़बूरी ,
एकर लाल लजाले सभा में अक्सर जा के ,
बोलेले इंग्लिश हिंदी अपनों लोग के पाके ,
नेटवा पर निक लागे सूरत ना दिखेला ,
लगत बा की इहे कारन इह चमके ला ,
बोलs भोजपुरी भईया नहीं चढ़बा सूली ,
सबसे मीठा भासा हमार बाटे भोजपुरी,

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Blogs

Latest Activity


सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 174 in the group चित्र से काव्य तक
"जय-जय, जय हो "
9 hours ago
Admin replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 174 in the group चित्र से काव्य तक
"स्वागतम"
11 hours ago
Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरा" अंक-186

ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरे के 186 वें अंक में आपका हार्दिक स्वागत है | इस बार का मिसरा आज के दौर के…See More
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"  क्या खोया क्या पाया हमने बीता  वर्ष  सहेजा  हमने ! बस इक चहरा खोया हमने चहरा…"
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"सप्रेम वंदेमातरम, आदरणीय  !"
Sunday
Admin added a discussion to the group चित्र से काव्य तक
Thumbnail

Re'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 174

आदरणीय काव्य-रसिको !सादर अभिवादन !!  ’चित्र से काव्य तक’ छन्दोत्सव का यह एक सौ…See More
Dec 13
Admin replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"स्वागतम"
Dec 13

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post कौन क्या कहता नहीं अब कान देते // सौरभ
"आदरणीय रवि भाईजी, आपके सचेत करने से एक बात् आवश्य हुई, मैं ’किंकर्तव्यविमूढ़’ शब्द के…"
Dec 12
Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181

आदरणीय साहित्य प्रेमियो, जैसाकि आप सभी को ज्ञात ही है, महा-उत्सव आयोजन दरअसल रचनाकारों, विशेषकर…See More
Dec 10
anwar suhail updated their profile
Dec 6
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' posted a blog post

न पावन हुए जब मनों के लिए -लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"

१२२/१२२/१२२/१२****सदा बँट के जग में जमातों में हम रहे खून  लिखते  किताबों में हम।१। * हमें मौत …See More
Dec 5
ajay sharma shared a profile on Facebook
Dec 4

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service