For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

 

बतकही ( गपसप ) अंक ३

 
हमके बस से उतरत देख लछुमन भाई जोर से आवाज लगवले प्रणाम गुरु जी, इ का रउआ बाइक से आइल गइल बंद क देनी का ? त हम कहनी की न हो लछुमन भाई हम बाइक चलावल नइखी छोडले, बाकिर का करी पीठ के दर्द से परेशान होके डाक्टर के लगे गइनी आउर उनकर तुगलकी फरमान की बाइक कुछ दिन खातिर बंद कर द, ना त हमेशा खातिर तरस जइब, तबसे हम छोड़ देनी, तब लछुमन भाई हस के कहलन जय हो गुरु जी के ! रउआ बड़ा बढ़िया लाज पचावे आवे ला, तब हम कहनी का कहत बाड़ भाई हम का लाज पचावत बानी, त उ कहलन हम ठीक कहत बनी रउआ पीठ के दर्द के वजह से बस से आवत जात बानी त गुरुआइन के किरिया खा के बोली की इ बात सही बा, तब हम का करी लछुमन भाई के हकीकत बतावे पर हम मजबूर हो गईनी आउर उ हमार घाव कुरेद देले रहलन, हमरा चेहरा के आवत जात भाव देख के उ कहलन अब सच बोलिए दी, तब हम कहनी जब हम पहिला बेर बाइक लेले रहनी त पेट्रोल लगभग १८ रूपया लीटर रहे आउर वो बेरा कंपनी से पेट्रोल खातिर ७०० मिळत रहे, जब इ बाइक लेहनी त पेट्रोल ३५ रूपया के आस पास रहे आउर कंपनी १००० रूपया देबे लागल, ऐने दू तीन साल में पेट्रोल के दाम सुरसा के मुह लेखन बढ़ गइल, कंपनियो मेहरबानी कईलस अब १४०० रूपया मिले लागल बाकि पेट्रोल में ३००० रूपया खर्च हो जात रहल ह, जवना से घर के बजट बिगड गइल रहल ह, बाकिर का करी जईसे शेर के मुहे मांस लाग जाला वैसही हमरा एकरा से लगाव हो गइल रहल हा, जब पिछला सप्ताह ५ रूपया बढल ह आउर टंकी फुल करावे में ५० रूपया पाकिट से एक्स्ट्रा निकलल ह त हमार अकिल खुलल ह बाकिर मन कहलस... बिच में टोकले लछुमन भाई, का कहलस राउर मन ?  उ त बाद में बताइब पाहिले चाय द, उ चाय देहले हम चुस्की लेके शुरू हो गइनी, पईसा जादा लागत बा त का ह, आराम से आ जात बानी नु आउर गाड़ी चलत जात रहुये, बाकिर भला होखे वो लोग के जे एकरा बिरोध में पेट्रोल पम्प बंद कइल लोग आउर गाड़ी में पेट्रोल ना रहे के कारण हम बस पर चढ़ गइनी, आउर शाम के आके जोड़नी कि आज आवे जाये में १६ रूपया खर्च भइल यानि महिना के ४८० रुपिया आउर पेट्रोल में लागत रहे दाम बढ़ला पर ३१५० रूपया यानि बचत २६७० रूपया महिना, साल के ३२०४० रूपया १९ साल नोकरी बा यानि ६,१८,७६० रूपया के बचत अब तुही बतावs हम बाइक पर कईसे चढ़ी , तब लछुमन भाई कहलन बड़ा बढ़िया बात बतवनी गुरु जी एकरा खातिर रउआ के धन्यवाद, तब हम कहनी एकरा खातिर हमके ना मनमोहन बाबु आउर सोनिया जी के धन्यवाद द की इहा लोगिन तेल के बेलगाम कर देनी लोग आउर ओकरा वजह से हमरा अइसन आदमी के इ बचत होखे वाला बा, फिर हम उनके राम सलाम क के उहा से चल देनी पीछे से आवाज हमरा कान में पडल जय हो गुरु जी के !

Views: 756

Replies to This Discussion

जय हो गुरूजी, इ सोरहो आने सांच बा की आज के बखत लाज आ इज्जत बचावल आ पचावल बड़ जोखिम के काम हो गइल बा. पूछे वाला लक्ष्मण के का दोष बा,दोष त अपना देश के नसीब के बा-जे महंगाई, बुराई,बेवफाई, बेहयाई, रुसवाई अउरी आपस के लड़ाई से बेदम हो गइल बा.
jai ho satish bhai

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Activity

Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरा" अंक-189

ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरे के 190 वें अंक में आपका हार्दिक स्वागत है | इस बार का मिसरा नौजवान शायर…See More
yesterday
आशीष यादव posted a blog post

मशीनी मनुष्य

आज के समय में मनुष्य मशीन बनता जा रहा है या उसको मशीन बनने पर मजबूर किया जाता है. कारपोरेट जगत…See More
Monday
Ashok Kumar Raktale replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीय अखिलेश कृष्ण श्रीवास्तव साहब, प्रस्तुत दोहों की सराहना हेतु आपका हार्दिक आभार। सादर"
Sunday
Ashok Kumar Raktale replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीय जयहिंद रायपुरी जी सादर, प्रदत्त चित्र पर आपने  दोहा छंद रचने का सुन्दर प्रयास किया है।…"
Sunday
अखिलेश कृष्ण श्रीवास्तव replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीय अशोक भाईजी  सही कहना है हम भारतीय और विशेषकर जो अभावों में पलकर बड़े हुए हैं, हर…"
Sunday
अखिलेश कृष्ण श्रीवास्तव replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीया प्रतिभाजी हार्दिक धन्यवाद आभार आपका"
Sunday
अखिलेश कृष्ण श्रीवास्तव replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीय अशोक भाईजी  हार्दिक धन्यवाद आभार आपका।"
Sunday
Ashok Kumar Raktale replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आदरणीय भाई लक्ष्मण धामी जी सादर, प्रदत्त चित्र पर मेरी प्रस्तुति की सराहना के लिए आपका हार्दिक…"
Sunday
Ashok Kumar Raktale replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"    आदरणीया प्रतिभा पाण्डे जी सादर, प्रस्तुत दोहों की सराहना के लिए आपका हार्दिक आभार ।…"
Sunday
Jaihind Raipuri replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"किल्लत सारे देश में, नहीं गैस की यार नालियाँ बजबजा रही, हर घर औ हर द्वार गैस नहीं तो क्या हुआ, लोग…"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आ. भाई सौरभ जी, सादर अभिवादन। दोहों पर आपकी विस्तृत टिप्पणी और सुझाव के लिए हार्दिक…"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion 'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 178 in the group चित्र से काव्य तक
"आ. प्रतिभा बहन, सादर अभिवादन। चित्रानुरूप सुंदर दोहे हुए हैं। हार्दिक बधाई।"
Sunday

© 2026   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service