For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

आज सब जानत बा की भोजपुरी कवन तरह से फईलत बा| . आज जहाँ कुछ लोग भोजपुरी के उठान में आपन जी-जान लगा दिहलें बाटे उहवे कुछ 'करता'-'धर्ता' लोग एके बदनाम करे में कवनो कसर नाही छोड़त बाड़े| . ई बात एकदम सही बा की आज आपन भाषा , आपन बोली 'भोजपुरी' ना बस 'भारत' में बल्कि पूरा 'संसार ' में बहुत तेजी से फैलत बा |. ई हमनी के भाषा के उत्थान होत बा लेकिन ई जेवन तरह से, जेवन 'माध्यम' से फैलत बा इ बात पे ध्यान देहला के जर्रूरत बा |.

5 साल पहिले , २००५ में जब हम पहिली बार आपन 'घर-दुवार ' छोड़ के बाहर गईलीं त हमके पता चलल की का महत्व बा हमरे भोजपुरी के |. लोग जे की "गैर-भोजपुरी " रहे एके सुन के बड़ा खुश होवे |. सब लोग कहे की ई भाषा बहुत "मीठ " लागेले , बाकिर आज की इस्थिति पर बिचार करे के जरूरअत बा . आज जबकि हम लखनऊ में रहेलिन केहू (गैर भोजपुरी) से भोजपुरी म बात करे में लाज आवेला |. काहे की लोग एके सुनल ना पसंद करेलन |. आप सब लोग जान सकत बानी की एकर एके कारन बा |, आज काल्ह के गाना , आ फिलिम |.

कवनो चीज के कहला के एगो ढंग होवेला . कवनो कायदा, क़ानून होवेला |. आज जेवन ई एकदम असभ्य मतीन आ खराब से ख़राब , फूहड़ से फूहड़ शब्द के प्रयोग होत बा गाना में ई भोजपुरी के और भोजपुरी समाज के ज़लील करत बा |. लोगन के आपन संस्कृति ना भूले के चाही |. केतना तेज बदलत बा भोजपुरी के स्वरुप सबे देखत बा |. का इ तरह से बदले के चाही , हम आप सब लोगन से पूछत बानी |.

इतनी फूहड़ गानन पर कुछ त रोक होवे के चाही . वाह रे आज के 'गाना' की केहू 'परिवार' के साथे ना सुन सकत बा |. हम गीतकार लोगन से हाथ जोड़ के विनती करत बानी की आप लोग इ तरह के गाना ना लिखी |. मत बदनाम करी आपन भोजपुरी के आपन समाज के |. का आप सब गीतकार लोगन के ईहे औकात बा ? कबो त कुछ बढियां लिखला क कोशिश करीं | सब गायक लोग जे की 'लाज' - 'शर्म' घोर के पी गईल बा लोग कुछ त लाज करीं .

हम सब भोजपुरी भाई लोग से विनती करत बानी की आपन भाषा के बदनाम होवे से बचा लीं . 4 पैसा की चक्कर में खुद के इतना ना बदनाम करे के चाही |. ई लोग आज के 'CELEBRITY' बा , लेकिन ई लोग के हालत ई बा |. हम त ईहे कहब की कवनो चीज अपने हद में रही त ठीक ना त कुछ भी मिटे म देर ना लागेला |. हम सब भाई -बहिन लोगन से भोजपुरी के उत्थान खातिर कुछ ना कुछ करे के कहत बानी |. हम ई ना कहत बानी की आप लोग बस भोजपुरिये पढ़ा , लेकिन यथा संभव भोजपुरी में भी योगदान करा |.

'जय भोजपुरी '

Views: 983

Replies to This Discussion

धन्यवाद 'गुरु जी'
आशीष जी राउर चिंता जायज बा, आज भोजपुरी के पतन भोजपुरियन के वजह से ही हो रहल बा, भोजपुरी फ़िल्म आ गीत आज अश्लीलता के पर्याय बनल जात बा, हमारा याद बा जब हम NCC कैंप के सांस्कृतिक कार्यक्रम मे भोजपुरी गीत गावे से हमारा के रोक दिहल गइल रहे कि भोजपुरी गीत ह त जरूर अश्लील होई, हमरा बहुत समझावला के बाद अनुमति मिल सकल, आज हम एगो भोजपुरी बिरहा जवन कृष्ण राधा के लेकर गावल गइल बा बाकी तर्ज के नाम पर ऐसन ऐसन फूहड़ गीत गावल बा कि हम का बताई, मजा के त ई बात बा कि तर्ज ७ मिनट गावल जात बा जबकि वोपर आधारित गीत ३ मिनट,
कवनो चीज के अति ख़राब होला अगर दोसर शब्द मे कही त चरम अवस्था पतन के कारण होला, कही ई चरम के अवस्था त नईखे आ गइल ?
आशीष जी, बहुत वाजिब बात रउरा ईहाँ उठवले बानी । भोजपुरी फिल्म होखे भा फिल्मी गीत - परिवार के संगे बइठ के देखे-सुने लायक नइखे रह गइल । भोजपुरी फिल्म के तऽ अइसन हाल हो गइल बा कि बुझाते नइखे कि भोजपुरी समाज चाहे भोजपुरी संस्कृति आ सभ्यता से एकर दूर-दूर के भी नाता रह गइल बा । जब फिल्म अइसन होखी तऽ ओहमें गीत कइसन रही एकर सहज कल्पना कइल जा सकेला । एकरा वजह से भोजपुरी भाषा के बदनामी हो रहल बा । हमरा विचार से अइसन फिल्म आ गीत-संगीत के वहिष्कार कइल ही सबसे बढ़िया उपाय हो सकेला ।
bada hi badhiya baat uthawle baani sir.

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Blogs

Latest Activity

लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post कहते हो बात रोज ही आँखें तरेर कर-लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"
"आ. भाई बृजेश जी, सादर अभिवादन। गजल पर उपस्थिति और उत्साहवर्धन के लिए हार्दिक धन्यवाद।"
1 hour ago
surender insan commented on Nilesh Shevgaonkar's blog post ग़ज़ल नूर की - सुनाने जैसी कोई दास्ताँ नहीं हूँ मैं
"आदरणीय नीलेश भाई जी सादर नमस्कार जी। अहा! क्या कहने भाई जी बेहद शानदार और जानदार ग़ज़ल हुई है। अभी…"
2 hours ago
Aazi Tamaam commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post शेष रखने कुटी हम तुले रात भर -लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"
"बहुत खूबसूरत ग़ज़ल हुई आदरणीय बधाई हो"
7 hours ago
Aazi Tamaam commented on सुरेश कुमार 'कल्याण''s blog post छन्न पकैया (सार छंद)
"अच्छी रचना हुई आदरणीय बधाई हो"
7 hours ago
Aazi Tamaam commented on surender insan's blog post जो समझता रहा कि है रब वो।
"अच्छी ग़ज़ल हुई आदरणीय बधाई हो 3 बोझ भारी तले को सुधार की आवश्यकता है"
7 hours ago
Aazi Tamaam commented on गिरिराज भंडारी's blog post ग़ज़ल -मुझे दूसरी का पता नहीं ( गिरिराज भंडारी )
"खूबसूरत ग़ज़ल हुई आदरणीय इस बह्र पर हार्दिक बधाई"
7 hours ago
Aazi Tamaam commented on Aazi Tamaam's blog post तरही ग़ज़ल: इस 'अदालत में ये क़ातिल सच ही फ़रमावेंगे क्या
"बहुत बहुत शुक्रिया आदरणीय सुरेंद्र इंसान जी इस ज़र्रा नवाज़ी का"
7 hours ago
Aazi Tamaam commented on Aazi Tamaam's blog post तरही ग़ज़ल: इस 'अदालत में ये क़ातिल सच ही फ़रमावेंगे क्या
"बहुत शुक्रिया आदरणीय भंडारी जी इस ज़र्रा नवाज़ी का"
7 hours ago
surender insan commented on सुरेश कुमार 'कल्याण''s blog post छन्न पकैया (सार छंद)
"आदरणीय सुरेश भाई जी  छन्न पकैया (सारछंद) में आपने शानदार और सार्थक रचना की है। बहुत बहुत बधाई…"
9 hours ago
surender insan commented on Aazi Tamaam's blog post तरही ग़ज़ल: इस 'अदालत में ये क़ातिल सच ही फ़रमावेंगे क्या
"आदरणीय आज़ी भाई आदाब। बहुत बढ़िया ग़ज़ल के लिए बधाई स्वीकार करे जी।"
9 hours ago
surender insan commented on surender insan's blog post जो समझता रहा कि है रब वो।
"आदरणीय सौरभ जी सादर नमस्कार जी। ग़ज़ल पर आने के लिए और अपना कीमती वक़्त देने के लिए आपका बहुत बहुत…"
9 hours ago

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी commented on सुरेश कुमार 'कल्याण''s blog post छन्न पकैया (सार छंद)
"आदरणीय सुरेश भाई ,सुन्दर  , सार्थक  देश भक्ति  से पूर्ण सार छंद के लिए हार्दिक…"
13 hours ago

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service