For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

माँ - जब हम पैदा भईनी
हम त कुछ न जानत रहनी
कि डायबिटीज भी कुछ होखेला
आ एकरा से जीवन में कुछ फरक परेला
हम त ईहे जानत रहनी कि
अइसही होखत होई - खूब भूख लगत होई -
अइसहीं होखत होई - कबो खूब घुमरी आवत होई
हाथ - पैर झनझनात होई - चश्मा लगवले पर ठीक लऊकत होई I

हमरा खातिर त ई दुनिया
तबो अइसने रहे - सामान्य
हमरा खातिर ई दुनिया
आजो अइसने बा - सामान्य
बाकिर हमार - ना - तहार दुनिया बदल गईल
तब तूं खूब रोवलू
जब तहरा के बतावल गईल -
लईका के "डायबिटीज" बा I

हम त कुछ न जानत रहनी
कि डायबिटीज भी कुछ होखेला
बाकिर जब दुनिया के
थोर बहुत समझ आवे लागल -
तब तहार चेहरा के भाव देख के
बुझाईल कुछ गड़बड़ बा
बाकिर का गड़बड़ बा
समझ में न आईल I

तब तूं हमार खान-पान
अनुशासित करे लगलू
- हम मिठाई मांगी - तूं कह ना
दूध में चीनी मांगी - तूं कह ना
हम तहरा से भात दाल मांगी -
तूं हमरा के रोटी दाल खियाव -
हम आलू के भुजिया खाए के चाहीं -
तूं हमरा के करेला खियावे के कोशिश कर I

दुनिया भर के टेस्ट - विशेषज्ञ के "consultancy"
बतावल गईल - लईका के बीमारी जन्मजात बा
"जेनेटिक fडस्पोfजसन" - कवनो सटीक इलाज नईखे
एह उम्र में - बस इंसुलिन ही इलाज बा -
शुरू में हम बहुत रोई - हम देखीं कि तोहूँ रोव
बाकिर अब आदत पर गईल बा
तूं रोवबू एहिसे अब ना कहिले - कि बहुत दुखाला -
बाकिर अब अपने से ले लिहिले - इंसुलिन के इंजेक्शन

माँ - ब्रहम बाबा कुछ ना करिहे -
गाँव के किनार के मठिया वाला बाबा भी
कुछ नईखन कर सकत - ना त सोखा बाबा
ना गाँव के सती माई - तहार महाबीर जी भी ना
समझ ल - हमार ईहे नियति बा -
दुनिया भर के दवाई - इंसुलिन के इंजेक्शन
दुनिया में जीवन अइसने होला हम त ईहे जानीले
अब त तूहूँ जान ल, अपना मन के मना ल I

Views: 565

Comment

You need to be a member of Open Books Online to add comments!

Join Open Books Online

Comment by aleem azmi on July 6, 2010 at 12:41pm
bahut sunder kavita aapki ....mubarak ho
Comment by BIJAY PATHAK on June 23, 2010 at 1:02pm
Bahut Badhiya
Comment by Sanjay Kumar Singh on June 22, 2010 at 2:57pm
माँ - ब्रहम बाबा कुछ ना करिहे -
गाँव के किनार के मठिया वाला बाबा भी
कुछ नईखन कर सकत - ना त सोखा बाबा
ना गाँव के सती माई - तहार महाबीर जी भी ना
समझ ल - हमार ईहे नियति बा -
Bahut hi sunder rachna aur bahut hi sunder prastuti hai,
Comment by satish mapatpuri on June 21, 2010 at 4:05pm
तब तूं हमार खान-पान
अनुशासित करे लगलू
- हम मिठाई मांगी - तूं कह ना
दूध में चीनी मांगी - तूं कह ना
हम तहरा से भात दाल मांगी -
तूं हमरा के रोटी दाल खियाव -
हम आलू के भुजिया खाए के चाहीं -
तूं हमरा के करेला खियावे के कोशिश कर I
नीलम जी. OBO पर आपका ब्लॉग देख कर बड़ा सुखद लगा. बड़ा अपनापन है इस रचना में, धन्यवाद.
Comment by Neelam Upadhyaya on June 21, 2010 at 12:36pm
Ji bahut bahut dhanyawaad. Hum age se raura sujhaw par amal kare ke koshish karab.
Comment by Admin on June 21, 2010 at 12:14pm
तब तूं हमार खान-पान
अनुशासित करे लगलू
- हम मिठाई मांगी - तूं कह ना
दूध में चीनी मांगी - तूं कह ना
हम तहरा से भात दाल मांगी -
तूं हमरा के रोटी दाल खियाव -
हम आलू के भुजिया खाए के चाहीं -
तूं हमरा के करेला खियावे के कोशिश कर इ

नीलम बहिन प्रणाम , सबसे पहिले त हम ओपन बुक्स ऑनलाइन पर राउर पहिला ब्लॉग के दिल से स्वागत करत बानी, बहुत ही नीमन रौवा कविता लिखले बानी, बेटा भा बेटी के अगर कवनो दुःख तकलीफ होला त महतारी बाप के केतना तकलीफ होला इ राउर कविता मे साफ़ झलकत बा, हम त महसूस भी कईले बानी कि जब कबो हमार तबियत ख़राब होखे त हमरा साथे साथे हमार माई आ पिता जी भी रात रात भर जागस आ हमसे छुपा के रो लेस , कि कही बबुवा रोअत देख लिही त वोकरा औरी तकलीफ होई,
बहुत सुंदर राउर अभिव्यक्ति बा, एह कविता खातिर बहुत बहुत आभार बा, साथ ही एगो नम्र निहोरा बा कि भोजपुरी के रचना पोस्ट करे खातिर ओपन बुक्स ऑनलाइन पर एगो अलग से "भोजपुरी साहित्य" नाम के ग्रुप बनावल बा , कृपा कर के भोजपुरी रचना वोइजा ही पोस्ट करी जेसे भोजपुरी साहित्य एक जगह ही पढ़े के मिल जाव , सुविधा खातिर हम लिंक नीचे दे देत बानी,

http://www.openbooksonline.com/group/bhojpuri_sahitya

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Blogs

Latest Activity

Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरा" अंक-186

ओ बी ओ लाइव तरही मुशायरे के 186 वें अंक में आपका हार्दिक स्वागत है | इस बार का मिसरा आज के दौर के…See More
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"  क्या खोया क्या पाया हमने बीता  वर्ष  सहेजा  हमने ! बस इक चहरा खोया हमने चहरा…"
Sunday
Chetan Prakash replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"सप्रेम वंदेमातरम, आदरणीय  !"
Sunday
Admin added a discussion to the group चित्र से काव्य तक
Thumbnail

Re'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 174

आदरणीय काव्य-रसिको !सादर अभिवादन !!  ’चित्र से काव्य तक’ छन्दोत्सव का यह एक सौ…See More
Saturday
Admin replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181
"स्वागतम"
Friday

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post कौन क्या कहता नहीं अब कान देते // सौरभ
"आदरणीय रवि भाईजी, आपके सचेत करने से एक बात् आवश्य हुई, मैं ’किंकर्तव्यविमूढ़’ शब्द के…"
Friday
Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-181

आदरणीय साहित्य प्रेमियो, जैसाकि आप सभी को ज्ञात ही है, महा-उत्सव आयोजन दरअसल रचनाकारों, विशेषकर…See More
Dec 10
anwar suhail updated their profile
Dec 6
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' posted a blog post

न पावन हुए जब मनों के लिए -लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"

१२२/१२२/१२२/१२****सदा बँट के जग में जमातों में हम रहे खून  लिखते  किताबों में हम।१। * हमें मौत …See More
Dec 5
ajay sharma shared a profile on Facebook
Dec 4
Sheikh Shahzad Usmani replied to Admin's discussion "ओबीओ लाइव लघुकथा गोष्ठी" अंक-128 (विषय मुक्त)
"शुक्रिया आदरणीय।"
Dec 1
Dayaram Methani replied to Admin's discussion "ओबीओ लाइव लघुकथा गोष्ठी" अंक-128 (विषय मुक्त)
"आदरणीय शेख शहज़ाद उस्मानी जी, पोस्ट पर आने एवं अपने विचारों से मार्ग दर्शन के लिए हार्दिक आभार।"
Nov 30

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service